माटी कवि सम्मेलन

कवि सम्मेलन में सभकर जुटान बा

नूरैन अंसारी

10 अप्रैल, 2026

दिन हऽ इतवार,पुरवईया स्थान बा,
कवि सम्मेलन में काल्ह जुटान बा।

सुंदर-सुंदर मुक्तक से होई शुरुआत,
माई भोजपुरी के ही होई खाली बात।

माई भाखा हमनी के आन, बान, शान बा,
कवि सम्मेलन में काल्ह जुटान बा।

तनी सा रउवो समय निकालीं,
रात 8 बजे online कुर्सी संभालीं।

बिन रउवा हमनी के कहाँ अड़ान बा,
कवि सम्मेलन में काल्ह जुटान बा।

कठिन शब्द अउर अर्थ

  • माई: माता।

#Maati Kavi Sammelan

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

नूरैन अंसारी

भोजपुरी रचनाकार

"भोजपुरी ग़ज़ल के युवा हस्ताक्षर नूरैन अंसारी कवनो परिचय के मोहताज नइखीं। इहां के भोजपुरी के एगो बहुत समर्थ कवि आ ग़ज़लकार बानी। भोजपुरी लेखन के क्षेत्र में नूरैन साहेब के नाव बड़ा आदर से लिहल जाला। अंसारी जी भोजपुरी में लगातार कविता आ ग़ज़ल के रचना करत रहल बानी।"

होम रचनाकार वीडियो शब्द-कोश अकाउंट