सभी (All) भोजपुरी साहित्यभोजपुरी गीतकविताग़ज़लदेखिएभोजपुरी कहानीहिंदी साहित्यमुक्तकभोजपुरी सनीमाई-पत्रिकालघुकथाव्यंग्य ट्रेंडिंग (Trending) शॉर्ट्स (Shorts)

भाई-भाई में जब बँटवारा भइल

भाई-भाई में जब बँटवारा भइल,
पाटीदारन के घरे भण्डारा भइल

माई-बाबू के केहू झूठो ना पुछल
एकही गो रोटी कई खाड़ा भइल.

अमीरी में डाह के धइलस बेमारी,
गरीबी में तऽ प्रेम से गुजारा भइल.

देखल ना गइल लोग से ई बढ़न्ती,
घर फुटल, स्वाहा भाईचारा भइल.

उठ गइल आख़िर देवाल अँगना में,
पर- पंचायत जबकि सारा भइल.

नूरैन हेरा गइल ख़ुशी घर से हमरा,
टुवर जइसन आँगन,ओसारा भइल

कठिन शब्द अउर अर्थ

टिप्पणी (Comments)