पुरवइया
कविता

हे ईश्वर! तनी दया करीं

कई दिन तक बरसल बदरी,धानवा गिरल मेड़ के कगरी। भूख-पियास कुल गइल हेराइ,जर-जजात डूबल बा सगरी। बंद भइल अब लोर आखिन से,कइसे ओकर हालात सम्हरी। बांझ परल किस्मत के रेखा,उठी कइसे किसान…
मुकेश यादव "भावुक"
28 सितम्बर 2026 · 11:15 अपराह्न IST

कई दिन तक बरसल बदरी,
धानवा गिरल मेड़ के कगरी।

भूख-पियास कुल गइल हेराइ,
जर-जजात डूबल बा सगरी।

बंद भइल अब लोर आखिन से,
कइसे ओकर हालात सम्हरी।

बांझ परल किस्मत के रेखा,
उठी कइसे किसान के पगरी।

हे ईश्वर! तनी दया करीं,
डगरे दीं जीवन के डगरी।

आस रहे कि करजा उतरी,
मुश्किल भइल चलल अब डहरी।

“भावुक” मन ना लागे कतहीं,
गइल नया बिपत बा ऊपरी।

होम कवि सम्मेलन वीडियो शब्दकोश अकाउंट