पुरवइया खोज (Search)
पुरवइया Menu
पुरवइया परिवार लॉगिन / जुड़ें
भोजपुरी गीत

आंखी के निंद चैन हेराता

आंखी के निंद चैन हेराता, देह आ दिल कुल्ह पीड़ाता। जब लोग पूछेंला हमसे का भइल, कहेनी बस थोड़ा मथा दुखाता।। ऊ का जानी परदेशी के दुःख जे बइठ के बाबू के होटल में खाता।…
जियाउल हक छपरा, बिहार
7 अक्टूबर, 2026 • 825

आंखी के निंद चैन हेराता,
देह आ दिल कुल्ह पीड़ाता।
जब लोग पूछेंला हमसे का भइल,
कहेनी बस थोड़ा मथा दुखाता।।

ऊ का जानी परदेशी के दुःख
जे बइठ के बाबू के होटल में खाता।
ई करेजवा गज़ब अइठ जाला मरदे
जब घरवा पर कवनो घटना हो जाता।।

देह भर खाली प्रदेश रहेला,
मनवा त घरे गउवे बगाता।
अब आगे के हाल का कहस जियाउल
ई कवितवो लिखे में बहुत बुझाता।।

कठिन शब्द अउर अर्थ

पसंद करने वाले लोग

होम कवि सम्मेलन वीडियो साहित्य अकाउंट