जेकरा ख़ातिर सौ गो अधापन होला,
उहो कहाँ आख़िर में आपन होला।
उहे लुट जाला घर-बाहर दूनू जगे,
जेकरा में ज़ियादा सीधापन होला।
जब गरज पड़ल त बुझनी ई बात,
मदद से ज़ियादा त विज्ञापन होला।
जे जिनगी लगा देल अपनन के ख़ातिर,
बड़ा ही बुरा ओकर समापन होला।
‘नूरैन’ काटेला जे भी दिन बनवास के,
एक दिन हिस्सा में ओकरे सिंहासन होला.