मेनू
लॉगिन करें

अमेरिका-ईरान में भयंकर बवाल: अमेरिका कइलस 170 जगह बमबारी, ईरान भी दगलस मिसाइल

ईरान में एह घरी भारी उथल-पुथल मचल बा। एक तरफ ओहिजा के दिवंगत सुप्रीम लीडर आयतुल्लाह अली ख़ामेनेई के अंतिम संस्कार के तइयारी चल रहल…
द पुरवइया डेस्क 9 जुलाई 2026 (पब्लिश्ड: 10:27 IST)
U.S. Central Command

ईरान में एह घरी भारी उथल-पुथल मचल बा। एक तरफ ओहिजा के दिवंगत सुप्रीम लीडर आयतुल्लाह अली ख़ामेनेई के अंतिम संस्कार के तइयारी चल रहल बा, त दूसरका तरफ अमेरिका आ ईरान के बीच भयंकर गोलाबारी शुरू हो गइल बा।

अमेरिकी सेंट्रल कमांड (सेंटकॉम) के जानकारी के मोताबिक, बीतल दू रात में अमेरिकी सेना ईरान के 170 गो सैन्य ठिकानन पर धुआंधार बमबारी कइले बा। एह हमला में ईरान के स्वास्थ्य मंत्रालय 14 लोगन के मौत के पुष्टि कइले बा। अमेरिका एह बेर परमाणु केंद्र से लेके चीन, रूस आ तुर्कमेनिस्तान के जोड़े वाला अहम रेलवे कॉरिडोर तक के अपना निशाना पर लेले बा। सेंटकॉम बतवलस कि 8 जुलाई के ईरान पर हमला के एगो अउरी चरण पूरा कइल गइल, जवना में ईरान के वायु रक्षा प्रणाली, मिसाइल आ ड्रोन रखे वाला जगहन के तबाह कइल गइल बा।

अमेरिका साफ कइले बा कि ई कारवाई ईरान के उह आक्रामक रवैया के जवाब ह, जवना के तहत उ होर्मुज़ स्ट्रेट (जलडमरूमध्य) में बिना कवनो मतलब के बेकसूर चालक दल वाला कमर्शियल (व्यापारिक) जहाज़न पर हमला करत रहे। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप बुधवार के कड़ा चेतावनी दिहले रहले कि अगर ईरान होर्मुज़ स्ट्रेट से गुजरे वाला जहाज़न के निशाना बनावल ना रोकी, त ओकरा बहुत गंभीर अंजाम भुगते के पड़ी। एकरा संगे मंगलवार के अमेरिका ईरान पर लागल तेल प्रतिबंध में दिहल गइल अस्थायी छूट भी वापस ले लेले बा।

एतना बड़हन हमला के बाद ईरान भी चुप ना बइठल। ईरान के सेना आईआरजीसी (IRGC) पलटवार करत खाड़ी देश- कतर, कुवैत आ जॉर्डन में मौजूद अमेरिका के कई गो मिलिट्री बेस पर मिसाइल दाग दिहलस। आईआरजीसी बतवलस कि उ कुवैत के अरिफ़जान आ अली अल सलेम, बहरीन के जुफैर आ शेख ईसा, आ जॉर्डन के अजराक सैन्य अड्डा के बुनियादी ढांचा के निशाना बनवले बा। जॉर्डन सरकार बतवलस कि जइसे ईरानी मिसाइल ओकरा हवाई क्षेत्र में घुसल, सायरन बाजे लागल। जॉर्डन के वायु रक्षा प्रणाली ईरान के आठ गो मिसाइल के हवा में ही मार गिरवलस, जेकरा से कवनो जान-माल के नुकसान ना भइल। बाकिर कुवैत के रक्षा मंत्रालय बतवलस कि एह हमला में उनुका इहां एक जन घायल भइल बा।

ईरान में भइल अमेरिकी बमबारी के नुकसान के बात करीं त, ईरानी अधिकारी मानले बाड़े कि हमला के चपेट में ईरान के इकलौता सक्रिय बुशहर परमाणु ऊर्जा संयंत्र के बाहरी हिस्सा भी आइल बा आ ओहिजा प्रोजेक्टाइल गिरल बा। एकरा अलावे चीन-तुर्कमेनिस्तान-ईरान रेल गलियारा पर गोलिस्तान प्रांत के अक़्क़ाला काउंटी (कैस्पियन सागर से 40 किमी दूर) में बनल सामरिक ‘अकताका ख़ान रेलवे पुल’ के भारी नुकसान पहुंचल बा, जवना के पुष्टि बीबीसी वेरिफाई के संगे-संगे खुद आईआरजीसी भी कइले बा।

चाबहार शहर के बहेश्ती पोर्ट के कंट्रोल टॉवर भी तबाह होखे के वीडियो सोझा आइल बा। संगे-संगे स्थानीय लोगन के हवाले से सिस्तान-बलूचिस्तान प्रांत के ईरानशहर एयरपोर्ट आ दक्खिनी तटीय इलाकन में भी धमाका होखे के खबर बा।

एह पूरा तनाव आ बवाल के सीधा असर आम जनजीवन आ व्यापार पर पड़ल बा। गुरुवार के ख़ामेनेई के अंतिम संस्कार के आखिरी दिन भइल एह हमला के देखत तेहरान आ मशहद के बीच चले वाली रेलगाड़ी रोक देवे के पड़ल। ओहिजे, होर्मुज़ स्ट्रेट से व्यापारिक जहाज़न के आवाजाही जे बुधवार के काफ़ी कम हो गइल रहे, उ गुरुवार ले लगभग एकदम ठप पड़ गइल बा।

होम न्यूज़ वीडियो शब्दकोश अकाउंट