खोजें (Search)
पुरवइया
भोजपुरी साहित्य

हियरा में फूल बन के खिले कौनो-कौनो बात

मनोज भावुक
10 अप्रैल 2026 · 04:11 अपराह्न IST

हियरा में फूल बन के खिले कौनो-कौनो बात
हियरा में शूल बन के हले कौनो-कौनो बात

जज्बात पर यकीन कइल भी बा अब गुनाह
दिल में उतर के दिल के छले कौनो-कौनो बात

अचके में पैर राख में पड़ते पता चलल
बरिसन ले आग बन के जले कौनो-कौनो बात

रख देला मन के मोड़ के, जिनिगी सँवार के
तत्काल दिल में लागे भले कौनो-कौनो बात

अनुभव नया-नया मिले ‘भावुक’ हो रोज़-रोज़
पर गीत आ गजल में ढ़ले कौनो-कौनो बात

होम कवि सम्मेलन वीडियो शब्दकोश अकाउंट