पुरवइया

हेड टीचर के सूझ-बूझ से बच गइल 900 ज़िंदगी, 10 मिनट के देरी पड़ सकत रहे भारी

नेपाल के नुवाकोट जिला में बाढ़ के बीच एगो स्कूल के हेड टीचर के सूझ-बूझ से करीब 900 गो छात्र-छात्रा के समय रहते सुरक्षित जगह…
द पुरवइया डेस्क 30 अगस्त 2026 (पब्लिश्ड: 08:02 IST)
AI GENERATED THUMBNAIL

नेपाल के नुवाकोट जिला में बाढ़ के बीच एगो स्कूल के हेड टीचर के सूझ-बूझ से करीब 900 गो छात्र-छात्रा के समय रहते सुरक्षित जगह पहुंचा दिहल गइल। अगर स्कूल खाली करावे में कुछ मिनट अउरी देर भइल रहित , त स्थिति बहुत गंभीर हो सकत रहे।

ई मामला नुवाकोट के त्रिभुवन त्रिशूली सेकेंडरी स्कूल के ह। स्कूल में 1,600 से अधिक विद्यार्थी पढ़ाई करेले। स्कूल के हेड टीचर राजेंद्र दवाड़ी बतवले कि बाढ़ के खतरा के जानकारी उनुका के कुछे मिनट के भीतर अलग-अलग लोग के तरफ से लगातार चार गो फोन कॉल से मिलल।

फोन पर बतावल गइल कि इलाका में बाढ़ के खतरा बढ़ रहल बा। कुछ लोग इहो जानकारी दिहल कि ऊपर के इलाका में पड़ेला बेत्रावती बस्ती में बाढ़ के पानी तबाही मचावे लागल बा।

राजेंद्र दवाड़ी चेतावनी मिलते ही स्कूल खाली करावे के फैसला कर लिहलन। उनका कहना रहे कि खतरा टल गइल त बस एगो दिन के पढ़ाई के नुकसान होई, बाकिर खतरा सच निकलल त बच्चन के जान पर बन सकेला।

उनकरा नेतृत्व में करीब 900 छात्र-छात्रा के ऊंचाई वाला सुरक्षित जगह ले जाइल गइल। बच्चा लोग के निकाल के ले जात घरी दवाड़ी के नजर स्कूल के हॉस्टल पर पड़ल, जे नदी से करीब 100 मीटर दूर रहे। उ देखलन कि हॉस्टल में बाढ़ के पानी घुस चुकल रहे आ हॉस्टल डूबत रहे।

दवाड़ी बतवले कि अगर स्कूल खाली करावे के फैसला 10 मिनट अउरी देर से लिहल गइल रहित, त नतीजा बेहद खतरनाक हो सकत रहे।

उनकरा मुताबिक, समय पर मिलल चेतावनी आ बिना देरी कइल फैसला सैकड़ों बच्चन के सुरक्षित बचावे में सबसे अहम साबित भइल।

होम कवि सम्मेलन वीडियो शब्दकोश अकाउंट