मेनू
लॉगिन करें

सतावल करेला सुबह शाम हरदम

सतावल करेला सुबह शाम हरदम। पढ़ावल करेला हरे राम हरदम।। थकल बा हमेशा कमासुत शहर के। लगावल करेला नरम जाम हरदम।। सुबह नींद टूटल तमाशा…
गणेश नाथ तिवारी "विनायक" 9 अप्रैल 2026 (पब्लिश्ड: 07:46 IST)

सतावल करेला सुबह शाम हरदम।
पढ़ावल करेला हरे राम हरदम।।

थकल बा हमेशा कमासुत शहर के।
लगावल करेला नरम जाम हरदम।।

सुबह नींद टूटल तमाशा बनवलस।
बतावल करेला जबर काम हरदम।।

गजब के उ कइलसि परम प्रेम हमसे।
रटावल करेला अपन नाम हरदम।।

कहेलन विनायक रही बाँचि उनसे।
करावल करेला उ बदनाम हरदम।।

होम न्यूज़ वीडियो शब्दकोश अकाउंट