नेपाल से जवन तस्वीर आ खबर आवत बा, ऊ रोंगटे खड़ा करे वाला बा. बुध के दिन अचानक आइल बाढ़ भारी तबाही मचवले बिया. अब ले मरे वाला लोगन के आंकड़ा 579 ले पहुंच गइल बा. कुदरत के ई कहर एहिजे नइखे रुकल, बलुक एगो नया आफत कपार पर मंडरात बा.
काठमांडू में चीन के दूतावास साफ-साफ कह देले बा कि जे लोग हेराइल बा, ओकर खोजबीन अब सबसे नाजुक दौर में बा. धसान (भूस्खलन) के मलबा से जवन झील बन गइल बा, ओकरे टूटे के भारी खतरा बा. दूतावास के मानीं त ई झील अब उफान पर बा आ पानी ऊपर से बहे लागल बा. नेपाल आ चीन, दुनो देस के नजर एकरा पर टिकल बा आ ई लोग खतरा के कम करे में लागल बा.
एहसे पहिले नेपाल के ‘नेशनल डिज़ास्टर रिस्क रिडक्शन एंड मैनेजमेंट अथॉरिटी’ (NDRRMA) के प्रवक्ता शांति महत बतवली कि रसुवा इलाका के भोटेकोशी नदी में बाढ़ आ माटी-गाद के बहाव बढ़ गइल बा. बाकिर, चीन के तरफ से झील के बांध टूटे के कवनों पक्का खबर उनुका नइखे मिलल. आजु फेर ओही इलाका में पानी आ माटी के बहाव तेज भइल बा, जेकरा से दोबारा बाढ़ आवे के खतरा बा. नेपाल पुलिस आ अथॉरिटी सगरी बचाव दल, सुरक्षाकर्मी आ आम जनता से कह देले बा कि एकदम चौकन्ना रहीं. खतरा के तनिक भी अंदेशा होखे, त बिना देरी कइले सुरक्षित जगह पर भाग जाईं.
जरूर पढ़ें
राम मंदिर ट्रस्ट के नया महामंत्री कृष्ण मोहन के हवें?
बांकीपुर उपचुनाव में उतरिहें प्रशांत किशोर, का बा पीके के असल रणनीति?
पीएम मोदी के मिलल इंडोनेशिया के सबसे बड़ सम्मान, अब ले 35 गो अवार्ड
चीन के सरकारी मीडिया (शिन्हुआ) के मोताबिक, बांध के ऊपर से पानी बहे लागल रहे जवन बाद में रुक गइल, आ अब पानी धीरे-धीरे निकल रहल बा. हालात के गम्भीरता के देखत अफसर लोग कुछ देर खातिर रेस्क्यू ऑपरेशन रोक देले रहे. अब पल-पल के खबर राखे खातिर उहाँ सीसीटीवी कैमरा लगावल जा रहल बा. नेपाल आ तिब्बत के बीच ग्यिरोंग पोर्ट के ऊपरी हिस्सा में पानी के लेवल पर लगातार नजर रखल जा रहल बा.
लगातार होखे वाला बारिश से नीचे के इलाका सब में नया बाढ़ के खौफ बनल बा. हालत ई बा कि सीमा के तिब्बत वाला हिस्सा में 550 से बेसी लोग लापता बा. एहमें करीब 260 गो विदेशी नागरिक बाड़ें, जवना में ऊ श्रद्धालु लोग भी शामिल बा जे पबित्र कैलाश परबत के जातरा पर निकलल रहे. अब बचाव टीम के सोझा दुगुन्न चुनौती बा- आपन लोग के खोजल आ नया बाढ़ से जिनगी बचावल.
उत्तरी नेपाल में फेर से बाढ़ के अलर्ट बा. त्रिशूली नदी के ऊपरी इलाका में लोग जान बचावे खातिर एकट्ठा भइल बा. सेना उहाँ पहुँच के उनुकर होटल तक खाली करवा देले बिया.
त्रिशूली के आर्मी बैरक के नजारा त अउरी रुलावे वाला बा. हर कुछ मिनट पर हेलिकॉप्टर उतर रहल बा, जे घायल आ बचल लोग के एयरलिफ्ट क के लावत बा. बाहर दर्जनों लोग आपन परिवार के लोग के आस में बेकरारी से इंतजार कर रहल बा. देवाल पर कुछ पन्ना साटल बा, जवना पर रेस्क्यू भइल लोग के नाम लिखल बा. लोग ओह भीड़ में पन्ना पर आपन कवनों जाने-पहचाने वाला के नाम तलाश रहल बा, इहे आस में कि कवनो चमत्कार हो जाव.