Categories

सभी भोजपुरी साहित्यभोजपुरी गीतकवितादेखिएभोजपुरी कहानीग़ज़लहिंदी साहित्यमुक्तकभोजपुरी सनीमाई-पत्रिकालघुकथाव्यंग्य

कईसे हम ईद मनवनी ह

46 Views • मई 28, 2026

​का कही ए भाई आज, कईसे हम ईद मनवनी ह,
ईदगाह में सैकड़ों भीड़ रहल ह, बाकिर खुद के तनहा पवनी ह।

​मने-मने सकुचात रहनी ह, कईसे हाथ बढ़ाईं,
कैसे करीं मुसाफ़ा हम, केकरा से हाथ मिलाईं।
​ईद परदेसी के अइसहीं होला, मन के हम समझवनी ह,
का कही ए भाई आज, कईसे हम ईद मनवनी ह।

​फिर अउते ईदगाह से हम, माई के फोन लगवनी ह,
दुआ-सलाम भईल ह, सब ठीके बाटे बतवनी ह।
​क बजे नमाज भईल ह, कब पढ़ के अईला ह?
पूछली ह माई—”ए बाबू! का बनवला ह, का खइला ह?”

​कवनो बात के कमी नईखे, चिंता मत कर माई रे,
तोहरे हाथ के स्वाद सेवई में, इहवाँ कहाँ भेटाई रे!
​आँख भईल ह नम माई के, कईसहूँ ओके समझवनी ह,
का कही ए भाई आज, कईसे हम ईद मनवनी ह।

कठिन शब्द अउर अर्थ

Comments