मेनू
लॉगिन करें

परदेशी के ईद अइसने होला

फेरू आराम करे ना अइबऽ तनी से तू सम्हरे ना अइबऽ बताव ना पापा काहे ए साल ईद मे अबकी घरे ना अइबऽ गोदी मे…
शम्स जमील 28 मई 2026 (पब्लिश्ड: 10:27 IST)

फेरू आराम करे ना अइबऽ
तनी से तू सम्हरे ना अइबऽ
बताव ना पापा काहे ए साल
ईद मे अबकी घरे ना अइबऽ

गोदी मे तोहरा लोटइतीं खूब
साथे भरपेट खइतीं खूब
स्कूल के नवका कविता पढ़ी
पापा तोहके सुनइतीं खूब

बड़ी सवख बा हमरो पापा
कान्ह प अपना धरे ना अइबऽ
बताव ना पापा काहे ए साल
ईद मे अबकी घरे ना अइबऽ

चुहकत कुहकत चिरई के
आइल दिन अब भिरई के
सुनले बानी हमहुँ कहीं
मास चईत ह पिरई के

कटनी बन्हनी आ दंउरी मे
बाबा के मदद करे ना अइबऽ
बताव ना पापा काहे ए साल
ईद मे अबकी घरे ना अइबऽ

होम न्यूज़ वीडियो शब्दकोश अकाउंट