अनपढ़ जाहिल सरकार हो,जिनिगिया बेकार मोर कइले

गणेश नाथ तिवारी "विनायक"

15 अप्रैल, 2026

अनपढ़ जाहिल सरकार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
जिनगी कइले बेजार हो
जिनिगिया बेकार मोर कइले

माई के गहना आ बाबू के खेतवा,
बेचि के पढ़ल बा बेचारा ई बेटवा।
पेपर लीक कइले बार-बार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

खेतवा में सूखल बा अन्न के ओरी,
फाँसी लगावेला किसान ओही डोरी।
रोअत बा सगरो परिवार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो..

नमक आ तेल भइल सोना के भाव हो,
मरत बा भूखल अब सगरो ई गाँव हो।
नून-रोटी भइल दुश्वार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

बिना घूस फाइल अब एको डेग ना डोले,
आन्हर ई तंत्र अब केकरा के बोले।
चहुँओर मचल लूटमार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

हाथ के छाला आ गोड़ के बेवायी,
महंगाई के मार में मिलल ना दवाई।
मरले बा कुरु कुरु मार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

डिगरी के कागज अब रद्दी के भाव बा,
पढल-लिखल लइकन के मनवा में घाव बा।
बेचे सभे पकौड़ा आ अचार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

भाषण में बाटे सभे स्वर्ग देखावत,
बाकी हकीकत में नरक खियावत।
झूठ के बा सगरो परचार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

कलम अब तिवारी ‘विनायक’ के जागल,
देखि के ई तेवर भ्रष्टाचारी बाड़े भागल।
मचल चहुओर हाहाकार हो,
जिनिगिया बेकार मोर कइले
अनपढ़ जाहिल सरकार हो…

कठिन शब्द अउर अर्थ

  • आन्हर: अंधा।
  • डोर: रस्सी।
  • माई: माता।
  • जिनगी: जिंदगी।

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

गणेश नाथ तिवारी "विनायक"

संस्थापक-जय भोजपुरी जय भोजपुरिया, सह सम्पादक- सिरिजन भोजपुरी तिमाही ई पत्रिका श्रीकरपुर,सिवान

"वर्तमान पता-3,प्रिन्सेप लेन कोलकाता शिक्षा - स्नातक मो0 9523825251 (सऊदी अरब में मेकेनिकल टेक्नीशियन के रूप में नोकरी 2011 से 2024 तक )"

होम रचनाकार वीडियो शब्द-कोश अकाउंट