मेनू
लॉगिन करें

चलत जबले जिनगी के गाड़ी रहे

चलत जबले जिनगी के गाड़ी रहे,न पईसा न कवनो उधारी रहे। ​नेह-छोह अइसन बनल रहे हरदम,कि उमिर भर कायम ई यारी रहे। ​जरूरत पड़े त…
मुकेश यादव "भावुक" 8 अप्रैल 2026 (पब्लिश्ड: 06:46 IST)

चलत जबले जिनगी के गाड़ी रहे,
न पईसा न कवनो उधारी रहे।

​नेह-छोह अइसन बनल रहे हरदम,
कि उमिर भर कायम ई यारी रहे।

​जरूरत पड़े त ई जानो बा हाजिर,
कहे-सुने में कहुँ न दुशवारी रहे।

​बोवल जाई अबसे भरोसे के खेती,
न मन में कवनो दुख भारी रहे।

​हँसत-खेलत काटीं निमन सब समइया,
बाकिर बुरा वक्त के भी तइयारी रहे।

​कहाँ अब बा कवनो डर-भय ‘भावुक’,
जिनगी जंग ह, रोज जंग जारी रहे।

होम न्यूज़ वीडियो शब्दकोश अकाउंट