खोजें (Search)
पुरवइया
भोजपुरी गीत

चहकेला घरवा दुआरवा हो रामा अइलें सजनवाँ

चहकेला घरवा दुआरवा हो रामाअइलें सजनवाँ रचि रचि धनिया भोज बनवलीसोने के थाल में जेवना सजवलीजेवेलें बारहों बिजनवाँ हो रामाअइलें सजनवाँ बाल गोपाल संघे फुलवो फुलाइलपेन्ही के पियारिया मन अगराइलनिरखे ले सइंया…
गणेश नाथ तिवारी "विनायक"
12 अप्रैल 2026 · 11:25 पूर्वाह्न IST

चहकेला घरवा दुआरवा हो रामा
अइलें सजनवाँ

रचि रचि धनिया भोज बनवली
सोने के थाल में जेवना सजवली
जेवेलें बारहों बिजनवाँ हो रामा
अइलें सजनवाँ

बाल गोपाल संघे फुलवो फुलाइल
पेन्ही के पियारिया मन अगराइल
निरखे ले सइंया सेजरिया हो रामा
अइलें सजनवाँ

पोरे पोरे प्यार सजन बरिसावेलें
ललका गुलाब मोरे जुड़ा में लगावेलें
मारेले तिरछी नजरिया हो रामा
अइलें सजनवाँ

चहकेला घरवा दुआरवा हो रामा
अइलें सजनवाँ

होम कवि सम्मेलन वीडियो शब्दकोश अकाउंट