Categories

सभी भोजपुरी साहित्यभोजपुरी गीतदेखिएभोजपुरी कहानीकविताग़ज़लहिंदी साहित्यमुक्तकभोजपुरी सनीमाई-पत्रिकालघुकथाव्यंग्य

कुहुके करेजवा में हमरो करेजवा, एजवा मारिये दिहलs

137 Views • अप्रैल 11, 2026

कुहुके करेजवा में हमरो करेजवा
एजवा मारिये दिहलs
देबे के परित दहेजवा
एजवा ……..

कवन कसूर हमार तनिका बतइति
एगो रहे सोना एगो चानियो अपनइति
परी गइनी फेरा में पावे खातिर पुतवा
एजवा……..

केतना हम सोंचनी आ केतना भोकरनी
होत अन्याय पर ना कबहु चोकरनी
काहे के त्यगनी रउआ, कोखि के करेजवा
एजवा…….

अइती अँगनवा त गुलजार करिती
बेटा अउरी बेटी के भेदवा बतइति
सगरो जहान के ई दिहत्ती सनेसवा
एजवा……..

कुहुके करेजवा में हमरो करेजवा
एजवा मारिये दिहलs
देबे के परित दहेजवा
एजवा ……..

Comments