हमार शान ह, हमार पहचान ह भोजपुरी

हरेश्वर राय

15 अप्रैल, 2026

हमार शान ह
हमार पहचान ह भोजपुरी,
हमार मतारी ह
हमार जान ह भोजपुरी I

इहे ह खेत, इहे खरिहान ह
इहे ह सोखा, इहे सिवान ह,
हमार सुरुज ह
हमार चान ह भोजपुरी I

बचपन बुढ़ापा ह, ह इहे जवानी
चूल्हा के आगि ह, अदहन के पानी,
हमार साँझ ह
हमार बिहान ह भोजपुरी I

ओढिला इहे, इहे बिछाइला
कूटिला इहे, इहे पिसाइला,
हमार चाउर ह
हमार पिसान ह भोजपुरी I

इहे ह धरन, इहे ह छानी
हमरा पसीना के इहे कहानी,
हमार तीर ह
हमार कमान ह भोजपुरी I

कजरी ह बिरहा ह, इहे ह फ़ाग
इहे कबीरा ह, इहे ह घाघ,
हमार बिरासत ह
हमार ईमान ह भोजपुरी I

कठिन शब्द अउर अर्थ

  • खरिहान: स्थान।
  • खर: सूखी घास।
  • धरन: छत के सहारा देवे वाला लकड़ी के भारी बीम।

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

हरेश्वर राय

जमुआँव,भोजपुर (आरा), बिहार

"जन्म - 03 नवम्बर 1964"

होम रचनाकार वीडियो शब्द-कोश अकाउंट